चक्रवात

चक्रवात (अंग्रेजी: साइक्लोन) बिसाल हवा के राशि होला जे एक ठो केंद्र के चारों ओर चक्कर लगावे ला। केंद्र में हवा के दबाव कम होला आ एही के ओर बाकी दिसा से हवा पहुँचे के कोसिस करे ले आ पृथ्वी के अपना धुरी पर नाचे के कारण हवा सीधा-सीधा एह कम दबाव के क्षेत्र के ओर ना पहुँचे ले बलुक गोलाई काट के पहुँचे ले।
सभसे बड़ आकार के चक्रवात ध्रुवीय क्षेत्र के लगे बने वाला घुमिराव क्षेत्र होलें आ समशीतोष्ण जलवायु वाला इलाका में बने वाला चक्रवात होलें। छोटहन चक्रवात में लोकल स्तर पर बने वाला कम दबाव के क्षेत्र, टोरनैडो आ बवंडर आवे लें।
उत्पत्ती के स्थान आ बने के कारण के आधार पर चक्रवात सभ के दू प्रकार बतावल जाला: उष्णकटिबंधीय चक्रवात आ शीतोष्ण कटिबंधीय चक्रवात। उष्णकटिबंधीय चक्रवात साइज में छोट होलें आ इनहन के उत्पत्ती समुंद्र के ऊपर होला, हवा के ऊपर उठ के गुप्त गर्मी के रिलीज होखे से इनहन के ताकत मिले ला। किनारे से आ के टकरा जालें तब ब्यापक धनजन के नोकसान भी होला आ एक तरह के आफत के रूप ले लेलें। शीतोष्ण कटिबंधी चक्रवात दू गो बिपरीत सुभाव वाली हवा के राशि के आपस में टकराए पर बने लें आ इनहन के आकार आम तौर पर बड़हन होला, अंडाकार आकृति होला, अगर कौनों जगह के ठीक ऊपर से गुजरें तब उहाँ दू बेर बरखा होला।
चक्रवात नियर चीज धरतिये पर ना बलुक अउरी ग्रह सभ पर भी देखल गइल बा।
नाँव
[संपादन करीं]भोजपुरी में चक्रवात शब्द हिंदी से आइल हवे, जे खुद संस्कृत के शब्दन के मिला के बनावल गइल हवे, अरथ होला चक्र के रूप में बहे वाली हवा। अंग्रेजी में शब्द साइक्लोन हवे जे हेनरी पिडिंगटन नाँव के बिद्वान के दिहल हवे, शब्द के अरथ हवे साँप के कुंडली। पिडिंगटन भारत के कलकत्ता में रह के चालीस गो रिसर्च परचा छपववलें आ एगो थीसिस भी लिखलें।
अमेरिका में चक्रवात के हरिकेन भी कहल जाला, जापान तट पर आवे वाला चक्रवात के टाइफून कहल जाला आ आस्ट्रेलिया में इनहन के विली-विली कहल जाला।
बनावट
[संपादन करीं]
सभ चक्रवात सभ में कई ठे बनावट संबंधी बिसेसता सभ के समानता होखे ला। चक्रवात कम दबाव वाला इलाका होलें।[1] चक्रवात के केंद्र (अक्सर बढियाँ से बिकसित उष्णकटिबंधीय चक्रवात में आँख के नाँव से जानल जाला), सभसे कम वायुमंडलीय दबाव वाला इलाका होखे ला।[1] केंद्र के लगे दबाव के ढाल बल (चक्रवात के बाहर के दबाव के तुलना में चक्रवात के केंद्र में मौजूद दबाव से) आ कोरिओलिस प्रभाव से आवे वाला बल के अनुमानित संतुलन में होखे के चाहीं, ना त एकरे परिणाम के रूप में चक्रवात खुद पर ढह जाई दबाव में अंतर के कारन।[2]
कोरिओलिस प्रभाव के कारण एगो बड़हन चक्रवात के आसपास हवा के बहाव उत्तरी गोलार्ध में घड़ी के दिशा के बिपरीत आ दक्खिनी गोलार्ध में घड़ी के दिशा में होला।[3] एह से उत्तरी गोलार्ध में पृथ्वी के सतह के सापेक्ष सभसे तेज हवा उत्तर के ओर चले वाला चक्रवात के पूरबी ओर आ पच्छिम ओर चले वाला चक्रवात के उत्तरी ओर होखे लीं; दक्खिनी गोलार्ध में एकर बिपरीत होला।[4] कम दबाव वाला सिस्टम सभ के उलट, उच्च दबाव वाला सिस्टम सभ के आसपास हवा के बहाव उत्तरी गोलार्ध में घड़ी के दिशा में (एंटीसाइक्लोनिक) होला, आ दक्खिनी गोलार्ध में घड़ी के दिशा के बिपरीत होखे ला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ 1.0 1.1 Chris Landsea and Sim Aberson (August 13, 2004). "Subject: A11) What is the "eye"? How is it formed and maintained ? What is the "eyewall"? What are "spiral bands"?". Atlantic Oceanographic and Meteorological Laboratory. Retrieved 2009-12-28.
- ↑ the original (PDF) on 2012-10-18. Retrieved 2011-09-11.
- ↑ Chris Landsea (2009-02-06). "Subject: D3) Why do tropical cyclones' winds rotate counterclockwise (clockwise) in the Northern (Southern) Hemisphere?". Atlantic Oceanographic and Meteorological Laboratory. Retrieved 2009-12-28.
- ↑ the original on October 12, 2011. Retrieved September 9, 2011.